साल के पहिला कुल चंद्रग्रहण भारत में ना लउकी
ज्योतिषी पंकज झा शास्त्री जी
भोजपुरी तक :-साल 2022 के पहिला चंद्रग्रहण सोमार 16 मई 2022 के होखे वाला बा। ज्योतिषीय गणना के मुताबिक इ पूर्ण चंद्रग्रहण होई, जवन भारत में ना देखाई दिही। ई दिन बुद्ध पूर्णिमा भी बा। साल के पहिला चंद्रग्रहण पर भी दू गो शुभ संजोग के निर्माण हो रहल बा।
भारतीय समय के मुताबिक इ चंद्रग्रहण 16 मई के सबेरे 08:58 से सबेरे 10.22 तक होई।
80 साल बाद हो रहल दुर्लभ संजोग - आज के दिन वरियान योग सुबह 06.17 तक रही। एकरा बाद 16 मई के सबेरे से दुपहरिया करीब 2.30 बजे तक परिघ योग होई। ज्योतिषी लोग के अनुसार वरियान योग में कईल गईल सभ शुभ काम पूरा हो सकता, जबकि परिघ योग में दुश्मन प विजय हो जाला।
चंद्रग्रहण विज्ञान के मुताबिक एगो खगोलीय घटना ह, सूर्य के राशि परिवर्तन 15 मई 2022 के होई, जवन कि चंद्रग्रहण से मात्र एक दिन पहिले होई। ज्योतिषी लोग सूर्य के राशि चक्र में बदलाव के बहुत महत्वपूर्ण मानतारे।
ई चंद्रग्रहण भारत में ना लउकी। जवना के चलते ग्रहण के दौरान सूतक काल भी देश में मान्य ना होई।
2022 के पहिला कुल चंद्रग्रहण दक्षिण पश्चिमी यूरोप, एशिया, अफिरका, उत्तरी अमेरिका, दक्खिन अमेरिका, प्रशांत महासागर आ हिंद महासागर में लउकी।
Comments
Post a Comment