मौसम रिपोर्ट : यूपी और बिहार के 10 जिला में बारिश के अलर्ट, इन राज्यों में बाढ़ का खतरा मंडराता

संवाद

भोजपुरी तक :देश के कई राज्यन में आजुकाल्हु बाढ़ आ भारी बरखा से जनता के समस्या बढ़ गइल बा. खास कर के उत्तर भारत के राज्यन में बरखा जानलेवा साबित हो रहल बा. एकरा संगे-संगे नदी के जलस्तर बहुत राज्य में खतरा के निशान पार क चुकल बा। ओने मौसम विभाग उत्तर प्रदेश, बिहार, उत्तराखंड अवुरी दिल्ली खाती अगिला 24 घंटा में मध्यम से तेज बरखा के चेतावनी जारी कईले बा। मौसम विभाग के मुताबिक उत्तर प्रदेश के गोरखपुर, महाराजगंज, अंबेडकर नगर, श्रावस्ती, गोंडा, बस्ती, बलरामपुर, संत कबीरनगर, सुल्तानपुर, जौनपुर, प्रयागराज में अगिला 24 घंटा में भारी बरखा होखे के संभावना बा। एकरा अलावे चंदौली, वाराणसी, गाजीपुर, बलिया अवुरी देवरिया में भारी बरखा हो सकता। मौसम विभाग के मुताबिक बिहार के जवना जिला में बरखा के अनुमान लगावल गईल बा, ओहिजा पूर्वी अवुरी पश्चिम चंपारण, गोपालगंज, सीवान, सारण, वैशाली, मुजफ्फरपुर, शेओहर, सीतामढ़ी, मधुबनी, दरभंगा, सुपौल, अररिया, किशनगंज, पूर्णिया अवुरी कटिहार शामिल बा आज भी दिल्ली-एनसीआर में हल्का बारिश के संभावना बा। आज दिल्ली में अधिकतम तापमान 35 डिग्री आ न्यूनतम 28 डिग्री रही। एकरा संगे-संगे सोमवार के सांझ के बरखा के चलते नोएडा के ध्वस्त भईल ट्विन टावर से निकलत धूल के बादल से कुछ राहत मिलल, बिहार में गंडक के जलस्तर बढ़ला के चलते बाढ़ के स्थिति पैदा भईल बा। पटना जिला प्रशासन दानापुर, पटना सदर, मनेर, फतुहा, बख्तियारपुर से लेके मोकामा तक के सभ अधिकारी के अलर्ट क देले बा। प्रशासन आपदा प्रबंधन से जुडल तमाम विभाग के अधिकारी के जरूरी बचाव अवुरी राहत के काम खाती तैयार रहे के निर्देश देले बा।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा