बिहार के 14 कॉलेज के मान्यता रद्द हो जाई, पटना हाईकोर्ट कड़ा आदेश दिहलस, सूची देखीं
संवाद
भोजपुरी तक :बिहार के 11 विश्वविद्यालय अवुरी 325 कॉलेज के मान्यता अब रद्द क दिहल जाई। एकरा बारे में हाईकोर्ट में सुनवाई भईल, जवना प कोर्ट कड़ाई देखवले बिया। मामला 287 करोड़ के अनुदान राशि के उपयोग ना होखे के बा। संगही, इ जानकारी अदालत के देवे के चाही। जदी विश्वविद्यालय के कुलपति कार्रवाई ना करीहे त ओकरा प जुर्माना भी लगावे के बात कहल गईल बा, कहल जाता कि 14 कॉलेज में बीएन मंडल विश्वविद्यालय अवुरी तिलकामांझी विश्वविद्यालय भागलपुर में जादा से जादा कॉलेज बा। एहमें बीएन मंडल विश्वविद्यालय के पूर्णिया कॉलेज, सब नारायण राम कुंवर सिंह कॉलेज, वीर नारायण चंद कॉलेज, एलएन मिथिला के चंद्रमुखी भोला कॉलेज, बीएन मंडल दर्शन साह कॉलेज भीमराव अंबेडकर विश्वविद्यालय के केसरीचंद ताराचंद कॉलेज, एमजेके कॉलेज, श्रीलक्ष्मी किशोरी महाविद्यालय , तिलकामांझी विश्वविद्यालय के मदन अहिल्या महिला महाविद्यालय, मगध विश्वविद्यालय के महंत मधुसूदन महाविद्यालय, जेपी विश्वविद्यालय के सरदार पटेल मेमोरियल महाविद्यालय, नंदलाल सिंह महाविद्यालय के नामकरण कइल गइल बा.
Comments
Post a Comment