15 अगस्त के स्कूल खुलल रही, मंत्री निजी स्कूल से भी बैठक कईले बाड़े
संवाद
भोजपुरी तक :आजकल पूरा देश 75वां स्वतंत्रता दिवस मनावे के तैयारी में व्यस्त बा। हर देशवासी एह ऐतिहासिक पल के अपना तरीका से मनावे के योजना बनावत बा. अबकी सरकार भी पीछे नईखे। स्वतंत्रता दिवस के 75वां सालगिरह के सरकारी स्तर प भी मनावे के तैयारी चलता। एह सब के बीच एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। स्वतंत्रता दिवस के मौका प तमाम स्कूल खुलल रही। एह दिन स्कूलन में तरह तरह के कार्यक्रम के आयोजन कइल जाई जवना में विद्यार्थियन के भूमिका महत्वपूर्ण होखी. एह मौका पर प्राइवेट स्कूलन के खुला राखे के बात भी हो रहल बा, 75वां स्वतंत्रता दिवस मनावे खातिर बड़हन पैमाना पर तइयारी हो रहल बा। एह क्रम में स्वतंत्रता दिवस के मौका पर सगरी स्कूलन के खुला राखे के फैसला कइल गइल बा. प्राइवेट स्कूल खोले के बात भी हो रहल बा। एकरा बारे में बिहार के पथ निर्माण मंत्री नितिन नवीन भी निजी स्कूल के प्रतिनिधि लोग के संगे एगो बैठक कईले बाड़े, ताकि स्वतंत्रता दिवस के मौका प आयोजित कार्यक्रम में उनुकर भागीदारी भी सुनिश्चित कईल जा सके। आमतौर प स्वतंत्रता दिवस के मौका प स्कूल खोलल जाला, लेकिन झंडा फहरावे के बाद छात्र अवुरी शिक्षक चलत रहले। अबकी बेर स्वतंत्रता दिवस के मौका प स्कूल के पूरा तरीका से खोले के फैसला भईल बा, स्वतंत्रता दिवस के मौका प स्कूल में बहुत कार्यक्रम के आयोजन कईल जाता। 15 अगस्त के स्कूलन में क्विज प्रतियोगिता, साइकिल टूर आ अउरी कार्यक्रमन के आयोजन कइल जाई. विजेता विद्यार्थियन के पुरस्कारो दिहल जाई. एकरा संगे-संगे छात्र के घरे ले जाए खाती तिरंगा भी दिहल जाई। जानकारी के मुताबिक पथ निर्माण मंत्री नितिन नवीन निजी स्कूल के प्रतिनिधि के संगे बैठक भी कईले बाड़े। अयीसना में इ पूरा संभव बा कि स्वतंत्रता दिवस के मौका प निजी स्कूल भी खुलल रहे, आजादी के 75वां सालगिरह के अमृत महोत्सव के रूप में मनावल जाता। एकरा संगे-संगे 'हर घर तिरंगा अभियान' के भी शुरुआत कईल गईल बा। एह अभियान के उद्देश्य हर घर पर कम से कम एगो तिरंगा फहरावे के बा. एकरा खातिर तिरंगा के व्यापक पैमाना पर बाँटे के योजना भी बा। बिहार में भी एही के लेके अपना स्तर प तैयारी चलता।
Comments
Post a Comment