बिहार में बढ़ी बाढ़ के खतरा, 16 जिलन में बारिश के लेके मौसम विभाग अलर्ट
संवाद
भोजपुरी तक :बिहार में बाढ़ के खतरा लगातार बढ़ रहल बा। राज्य में चक्रवाती हवा के असर उत्तर प्रदेश अवुरी बिहार के तटीय हिस्सा में बनल बा, एहसे पछिला 5 दिन से मानसून सक्रिय बा। मौसम विभाग एक बेर फेरु 16 जिला खातिर तेज हवा के संगे बरखा, गरज के चेतावनी जारी कईले बा। जवना जिला खातिर चेतावनी जारी कइल गइल बा ओहमें गोपालगंज, कटिहार, सुपौल, पटना, अररिया, पूर्णिया, मधुबनी, दरभंगा, समस्तीपुर, पूर्वी चंपारण, शेओहर, पश्चिम चंपारण, शेओहर, मुजफ्फरपुर, भागलपुर, बांका, बक्सर शामिल बा के आपदा प्रबंधन विभाग जनता से सावधान रहे के अपील कईले बा, साथ ही बिजली के चलते खुला में ना रहे के अपील कईले बा। एकरा अलावे अगिला दु दिन तक गंगा के जलस्तर में बढ़ोतरी के संभावना बा। मंगल का दिने से पटना में गंगा के जलस्तर लगातार बढ़ल बा आ साँझ छह बजे दीघा घाट पर 18 सेमी आ गाँधी घाट पर 92 सेमी खतरा के निशान से ऊपर नापल गइल बा. केंद्रीय जल आयोग के मुताबिक गंडक के जलस्तर बढ़त रही अवुरी बाढ़ के खतरा भी बनल रही।
आपदा प्रबंधन के नियंत्रण कक्ष भी २४ घण्टा तक जलस्तर के निगरानी मे लागल बा, साथ ही कई जिल्ला मे एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ के जवान तैनात कईल गईल बा, साथ ही नेपाल से सटल क्षेत्र के भी सतर्क राखल गईल बा । एहिजा पटना के नकता दियारा आ बिंद टोली में बाढ़ के खतरा बढ़े लागल बा आ अब लोग घर छोड़ के भागे के मजबूर हो गइल बा.
Comments
Post a Comment