गोपालगंज में एगो भयावह सड़क हादसा, नेपाल से देवघर जात कांवरिया से भरल बस ट्रक के टक्कर मार दिहलस; 36 यात्री घायल, 4 गंभीर
संवाद
भोजपुरी तक :बिहार के गोपालगंज जिला में गुरुवार के सबेरे भईल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में करीब तीन दर्जन यात्री (कंवरिया) घाही हो गईले। बतावल गइल बा कि नेपाल से देवघर जात यात्री से भरल बस पीछे से खड़ा ट्रक से टकरा गइल. ए दुर्घटना में बस में सवार तीन दर्जन यात्री घाही हो गईले। घाही में से चार लोग के हालत गंभीर बा। बस में सवार लोग नेपाल आ यूपी के निवासी हवे। सभे झारखंड के देवघर के बाबा धाम जात रहले, दुर्घटना के बाद सभ घाही के स्थानीय पुलिस अवुरी आसपास के गांव के लोग के मदद से कुचायकोट सीएचसी में भर्ती करावल गईल। घायल मे से चार लोग के हालत गम्भीर देख के चिकित्सक प्राथमिक चिकित्सा कईला के बाद सदर अस्पताल रेफर क देहले, चश्मदीद प्रत्यक्षदर्शी बतवले कि गुरुवार के सबेरे पांच बजे के करीब नेपाल आ यूपी से श्रद्धालु लोग गोपालगंज होत देवघर जात रहले एगो बस के बा. कुचायकोट थाना के भोप्टापुर एनएच 28 के लगे बस पहुंचते एनएच प पहिले से खड़ा एगो ट्रक बेकाबू होके पीछे से ठोकर खा गईल। ए घटना में बस के आगे के हिस्सा उड़ गईल। टक्कर एतना तेज रहे कि कुछ समय तक बस के सभ सवार स्तब्ध रह गईले, गांव के लोग घटना के जानकारी स्थानीय पुलिस के देले। सूचना मिलते स्थानीय थाना प्रमुख किरण शंकर के नेतृत्व में सुरक्षा बल आ स्वास्थ्य विभाग के एम्बुलेंस मौका प पहुंच गईल। जहां गाँव के लोग के मदद से जेसीबी लगाकर दुर्घटनाग्रस्त बस को हटा दिया गया। एकरा बाद एक-एक क के सभे घाही यात्री के बाहर निकालल गईल। खाली करावे के बाद सभे घायल यात्री के एम्बुलेंस से इलाज खाती भेजल गईल। घाही में यूपी के नेपाल के महाराजगंज आ बाराबंकी के लोग शामिल बा।
Comments
Post a Comment