गुरुग्राम में बिहार के 4 मजदूरों की दुखद मौत; चारो गोपालगंज-किशानगंज के निवासी रहले, निर्माणाधीन टावर के 17वां मंजिल से गिर गईले

संवाद

भोजपुरी तक :दिल्ली से सटल गुरुग्राम में मंगलवार के सांझ के निर्माणाधीन बहुमंजिला आवासीय भवन के 17वां मंजिल से गिर के बिहार के चार मजदूर के मौत हो गईल। मरेवाला में से एगो किशनगंज के रहेवाला अवुरी तीन गोपालगंज के रहेवाला रहले। गोपालगंज के एगो अउरी मजदूर भी घायल हो गइल बा। उनुकर इलाज अस्पताल में चलता, जानकारी के मुताबिक गुरुग्राम के सेक्टर 77 में पाम हिल्स सोसाइटी के एगो निर्माणाधीन टावर में क्रेन लिफ्ट के हटावे खाती कुछ मजदूर काम करत रहले। 17वां मंजिल प लोहा के गार्ड लगा के लिफ्ट अवुरी बिल्डिंग के बीच एगो प्लेटफार्म बनावल गईल। एकरा चलते माल के शिफ्ट कईल जात रहे। फेर अचानक पांच मजदूर संतुलन बिगड़ला के चलते गिर गईले। जवना में से चार जने के मौका प मौत हो गईल। एकरा संगे-संगे 12वां मंजिल प लागल सुरक्षा उपकरण में एगो मजदूर फंस गईल। उनुका के घाही हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गईल। दुर्घटना मंगलवार के सांझ 5 बजे के करीब भईल।

 मरेवाला में से एगो के पहचान किशनगंज निवासी मोहम्मद तमिद के रूप में भईल बा। एकरा संगे-संगे तीन अवरू मरेवाला नवीन, परमेश्वर राम, कुमुद कुमार गोपालगंज जिला के निवासी रहले। घायल राजकिशोर भी गोपालगंज के रहेवाला हवे, मोहम्मद ताहिद के गांव के लोग बतवले कि उ पहिले फिटर के काम करत रहले। पिछला 5 साल से गुरुग्राम में एह साइट पर काम करत रहले. उ पांच महीना पहिले घरे आईल रहले अवुरी परिवार से मिल के काम प गईल रहले। उ अपना पत्नी अवुरी बच्चा के दिवाली के घरे लवट आवे के कहले रहले। लेकिन जइसहीं उनकर मौत के खबर आइल, परिवार पर दुख के पहाड़ गिर गइल।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा