बिहार का धनकुबेर इंजीनियर: दिल्ली में 5 और पटना में 1 फ्लैट, EOU के छापे में चौंकाने वाले खुलासे
संवाद
भोजपुरी तक : बिहार में भ्रष्ट अधिकारी के खिलाफ कार्रवाई जारी बा। आर्थिक अपराध इकाई बिहार के एगो एग्जीक्यूटिव इंजीनियर के नई दिल्ली अवुरी पटना के लोकेशन प छापामारी कईले बिया। ईओयू के छापामारी में पता चलल बा कि ओकरा लगे इंजीनियर का लगे भारी संपत्ति बा. एग्जीक्यूटिव इंजीनियर के कार्यालय प भईल छापामारी के चलते भवन निर्माण विभाग में हलचल मच गईल बा। आरोपी इंजीनियर के संगे संपत्ति के अंदाज़ा ए बात से लगावल जा सकता कि ओकरा लगे दिल्ली में 5 फ्लैट अवुरी पटना में 1 फ्लैट मिलल बा। एकरा अलावे मेरठ में जमीन खरीदे के कागजात भी बरामद भईल बा। ईओयू रविवार के आरोपी अभियंता के परिसर में छापामारी कईले रहे, जानकारी के मुताबिक भ्रष्टाचार अवुरी असमान संपत्ति के मामला में भवन निर्माण विभाग के कार्यकारी अभियंता सह निवासी अभियंता फिरोज आलम के दिल्ली अवुरी पटना के 5 लोकेशन प एक संगे छापा मारल गईल। फिरोज आलम नई दिल्ली में बिहार भवन, बिहार निवास अवुरी बिहार सदन के प्रभारी के रूप में काम करतारे। छापामारी में पता चलल बा कि फिरोज आलम के नई दिल्ली में 5 फ्लैट अवरू पटना में 1 फ्लैट बा। एकरा अलावे उत्तर प्रदेश के मेरठ में जमीन खरीदे के कागजात भी जब्त कईल गईल बा। दिल्ली के सुखदेव विहार आवास से 1.43 लाख रुपया नगद आ भारी मात्रा में गहना मिलल बा। प्रारंभिक जांच में फिरोज आलम के आमदनी से 91.08 प्रतिशत जादा संपत्ति के बारे में जानकारी मिलल बा।
Comments
Post a Comment