500 रुपया में 9वां छात्र के हत्या अवुरी लाश के पेड़ से लटका के दोकानदार गिरफ्तार

संवाद

भोजपुरी तक :बिहार के भोजपुर जिला के एगो दुकानदार नौवीं कक्षा के एगो छात्र के हत्या महज 500 रुपिया में कर दिहलसि. आरोपी छात्र के हत्या क के ओकर लाश के पेड़ से लटका देलस। आरोपी दोकानदार के पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज देले बिया। घटना 11 अगस्त के भईल रहे। लेकिन आरोपी सोमवार के रात में पकड़ा गईल।

 जानकारी के मुताबिक 11 अगस्त के भोजपुर जिला के अकियावन बाजार में स्थित खिरिकोन गांव में रहेवाला स्कूली छात्र दिवाकर के हत्या क दिहल गईल रहे। दिवाकर 9वीं में पढ़ाई करत रहले। उनुकर पिता पुलिस के बतवले कि घटना के दिन उ बगल के दोकानदार गुड्डू सिंह के दोकान प सामान खरीदे गईल रहले। तब दोकानदार ओकरा प 500 रुपया चोरी करे के आरोप लगावत ओकरा संगे मारपीट कईलस। सांझ के घर से दिवाकर के घसीट के दोकान के ओर ले गईले। अगिला दिने सबेरे ओकर लाश पेड़ से लटकल मिलल, मरेवाला के पिता के कहनाम बा कि गुड्डू सिंह दिवाकर के हत्या क के ओकर लाश के पेड़ प फांसी दे देले, ताकि लोग एकरा के आत्महत्या महसूस करे। घटना के बाद से उ फरार रहले। सोमवार के रात पुलिस ओकरा के गिरफ्तार क के जेल भेज देलस।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा