6 अक्टूबर तक दरभंगा-अजमेर साप्ताहिक ट्रेन संचालन : दरभंगा से सीतामढ़ी, बैरगनिया, रक्सौल, नरकटियागंज होते हुए अजमेर तक ट्रेन
संवाद
भोजपुरी तक :दरभंगा अजमेर के साप्ताहिक स्पेशल ट्रेन पिछला 20 जुलाई से शुरू भईल रहे, जवना के बाद मिथिलावासी के लगातार मांग के बाद अब 6 अक्टूबर तक यात्री सेवा दिहल जाई। मालूम रहे कि दरभंगा से सीतामढ़ी, बैरगनिया, रक्सौल, नरकटियागंज, गोरखपुर, आगरा, मथुरा, जयपुर, कोटा अवुरी अजमेर जाए वाला यात्री ए ट्रेन से यात्रा के सहजता महसूस करतारे, ए रूट प इहे एकमात्र ट्रेन बा जवन कि मिथिला बा निवासी लोग के उक्त जगहन पर सीधा पहुँच। हालांकि पहिला चरण में एकरा के 20 अक्टूबर से 11 अगस्त तक चले के योजना रहे। लेकिन ट्रेन में यात्री के संख्या अवुरी मिथिलावासी के जरूरत के देखत एकर परिचालन अवधि बढ़ा दिहल गईल बा, समस्तीपुर के डीआरएम आलोक अग्रवाल कहले कि साप्ताहिक स्पेशल ट्रेन नंबर 05537 अवुरी 05538 से मिथिलावासी के बहुत फायदा मिलता। विभाग एह ट्रेन के नियमित करे के फैसला ले सकेला.
Comments
Post a Comment