बिहार के सिवान में दुखद हादसा, नदी में डूबला से एके परिवार के चार लोग के मौत हो गईल
संवाद
भोजपुरी तक :बिहार के सिवान से दुखद खबर आ रही है। जिला के असाँव में झारही नदी में डूब के एके परिवार के चार लोग के मौत हो गइल. जबकि एगो अवुरी आदमी के बचावल गईल, जेकर इलाज अस्पताल में चलता। बतावल जाता कि शोक सभा के बाद सभे नदी में नहाए आईल रहले। घर के एगो सदस्य के मौत के बाद परिवार के लोग नदी के किनारे जुट गईल रहले। पीपल के पेड़ प लटकला के बाद नहात रहले, डूबला के चलते चार लोग के मौत हो गईल, आसपास मौजूद लोग नदी के किनारे पहुंचले अवुरी सभ लाश के गांव के लोग निकाल देले। सूचना मिलते पुलिस भी मौका प पहुंच गईल। लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा. दुर्घटना के जांच शुरू क दिहल गईल बा। एकरा संगे-संगे एकही परिवार के चार लोग के मौत के बाद परिवार के हालत खराब बा। गाँव में शोक बा।
Comments
Post a Comment