बिहार मौसम : आजु पूरा बिहार में गरज के संभावना बा, तीन जिला में भारी बारिश के अलर्ट
संवाद
भोजपुरी तक :मानसून के कमजोर होखला के चलते बिहार में बरखा से जुड़ल गतिविधि में कमी आईल बा। ओने मौसम विभाग शनिचर का दिने राज्य भर के तीन गो जिला में गरज आ भारी बरखा के भविष्यवाणी कइले बा. शनिचर का दिने भबुआ, सासाराम आ किशनगंज के कुछ इलाका में भारी बरखा हो सकेला. एकरा अलावे राज्य के अधिकांश जिला में गरज के संभावना रही। कुछ जगह अलग-थलग हल्का बरखा हो सकेला।
मानसून के कमजोर होखला का चलते बिहार में पिछला दू दिन से तापमान बढ़ल बा. बियफे का दिने दक्षिण बिहार छोड़ के सगरी जिलन में मौसम लगभग शुष्क रहल. पिछला 24 घंटा के दौरान रोहतास, सासाराम, औरंगाबाद अवरू गया जिला के छोड़ के कवनो बूंदाबांदी ना भईल, सबसे जादा 31.6 मिमी के बरखा रोहतास जिला के डेहरी में भईल बा। एकरा अलावे भाबुआ 24.4, पामरगंज 21.2, कुंद्र 21.2, देव 18.4, अधवारा 15.2, चेनारी 10, सासाराम 8.8, दाऊदनगर 4.8, रफीगंज 3.6, बोधगया 2.4 व इंद्रपुरी में 2.2 मिमी बरसात राज्य में 616 मिमी बरसात होखे के चाहत रहे सनिचर. एकरा तुलना में अभी तक मात्र 377.7 मिमी पानी गिरल बा। माने कि एह सीजन में अबले सामान्य से 39 फीसदी कम बरखा भइल बा. कई जिला में सूखा के हालात के चलते किसान के सिंचाई खाती पर्याप्त पानी नईखे मिलत, जवना के चलते उनुका भारी नुकसान के सामना करे के पड़ता। एकरा चलते लोग फिर से गर्मी अवुरी नमी से परेशान बाड़े। सीतामढ़ी जिला के पुपरी में बियफे का दिने सबले बेसी तापमान 37.7 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल. एकरा अलावे वैशाली, सिवान, शेखपुरा, फोर्बसगंज अवुरी बेतिया में पारा 35 डिग्री सेल्सियस से ऊपर दर्ज भईल। राजधानी पटना में भी अधिकतम तापमान 1 डिग्री सेल्सियस से जादा बढ़ गईल। बियफे का दिने एहिजा के तापमान 34 डिग्री सेल्सियस रहुवे.
Comments
Post a Comment