कांग्रेस नेता के तेज हथियार से हत्या, नदी के किनारे मिलल लाश

संवाद

भोजपुरी तक :बिहार के कैमूर जिला में राष्ट्रीय राजमार्ग संख्या 30 के किनारे परसथुआ नदी के पुल के लगे से बुधवार के कांग्रेस नेता चंद्र यादव के लाश बरामद भईल। हत्या के कारण के जांच जारी बा। आधिकारिक सूत्र बुधवार के बतवले कि जानकारी के आधार प परसथुआ नदी पुल के लगे एगो लाश मिलल बा। मरेवाला के पहचान कांग्रेस नेता चंद्र यादव के रूप में भईल बा। लाश देख के लागता कि कांग्रेस नेता के लाश के बहुत हिस्सा के तेज धार वाला हथियार से काट के हत्या क दिहल गईल बा, सूत्र के मुताबिक ए हत्या के कारण के बारे में पता नईखे चलल। ए हत्या के लेके बहुत अटकल लगावल जाता। भबुआ सदर अस्पताल में पोस्टमार्टम के बाद लाश के परिजन के सौंप दिहल गईल बा, भबुआ पुलिस हत्या के जांच में जुटल बिया। पोस्टमार्टम रिपोर्ट के बाद पुलिस के जांच गतिविधि तेज हो गईल बा। जल्दिए जांच पूरा कईला के बाद ही कवनो निष्कर्ष निकालल जा सकता पुलिस के कहनाम बा।

Comments

Popular posts from this blog

तलाशी में बोनी कपूर की कार से मिली 66 किलो चांदी! जानिए आखिर क्या है पूरा मामला

पुपरी के जन समस्या से अवगत हुए देवेश

5 विधायक के भाजपा में शामिल होखला के बाद जदयू कहलस- 'पीठ छुरा घोंट के भाजपा के चरित्र'।