लालू यादव से मिलला के बाद ग्रेजुएट चाय वाली के स्टॉल वापस मिल गईल, पटना नगर निगम के लोग गाड़ी छीन लेले

संवाद

भोजपुरी तक :बिहार के राजधानी पटना के मशहूर ग्रेजुएट चाय स्टॉल के नगर निगम हटा दिहलस। एकरा बाद ग्रेजुएट टी स्टॉल चलावे वाली प्रियंका गुप्ता राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव से मिल के मदद के गुहार लगवली। लालू से मिलला के बाद निगम के अधिकारी आपन हैंडगाड़ी प्रियंका के वापस क देले, दरअसल पटना के बोरिंग रोड इलाका के एसकेपुरी पार्क के नजदीक गुरुवार के नगर निगम अतिक्रमण विरोधी अभियान शुरू कईले रहे। ए दौरान फुटपाथ प ग्रेजुएट चाय के दोकान समेत 10 दोकान के हटा दिहल गईल। ग्रेजुएट चाय के दुकान पहिले पटना महिला कॉलेज के लगे रहे। लेकिन प्रियंका गुप्ता उनुका के ओहिजा से लेके बोरिंग रोड इलाका में ले गईली। ग्रेजुएट चाय वाली के स्टॉल हटा के प्रियंका गुप्ता रो गई। उनुका रोवत वीडियो सोशल मीडिया प वायरल हो गईल। एह में ऊ कहत बाड़ी कि अगर स्टॉल हटावे के बा त ओकरा के एगो स्थायी जगह दिहल जाव जहाँ ऊ आपन दुकान चला सके. प्रशासन के ए कार्रवाई से नाराज प्रियंका राजद सुप्रीमो लालू यादव के अपना आवास प पहुंचली। उ लालू से मिल के मदद के निहोरा कईले। राजद सुप्रीमो प्रियंका के भरोसा दिहले कि उ लोग ए बारे में बात करीहे।

 लालू से मिलला के बाद ग्रेजुएट चईवाला के हाथ के गाड़ी वापस मिल गईल। नगर आयुक्त अनिमेश पाराशर बतवले कि चाय स्टॉल के वापस दे दिहल गईल बा। जहवाँ पहिले चाय के दोकान रहे, ओहिजा ऊ ओहिजा लगा दीहें. आगे जाके उनका कवनो दिक्कत ना होई।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा