बिहार के छपरा में दस साल के मासूम के गला फाड़ के हत्या, लाश के हालत देख के गांव के लोग स्तब्ध हो गईले

संवाद

भोजपुरी तक :बिहार के छपरा के मशरख थाना क्षेत्र में एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। इहाँ एगो दस साल के बच्चा के गला फाड़ के हत्या क दिहल गईल। एकरा बाद लाश के जंगल में फेंक दिहल गईल। बच्चा के हत्या के बाद इलाका में सनसनी पसर गईल बा। बतावल जा रहल बा कि मशरख के सिक्ति भीखम अपग्रेड हाई स्कूल के पीछे जंगल में बच्चा के लाश मिलल बा। गांव के कुछ लोग पहिले बच्चा के लाश देखले। एकरा बाद एकर जानकारी पुलिस अवुरी बच्चा के परिवार के दिहल गईल। मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके जांच करतिया, लाश मिलला के खबर पूरा इलाका में आग निहन पसर गईल। एकरा बाद भारी संख्या में गांव के लोग मौका प जुट गईले। बच्चा के हत्या के चलते गांव के लोग में बहुत आक्रोश बा। मरेवाला बच्चा के पहचान सिक्ति भिखाम गांव निवासी प्रमोद यादव के बेटा ऋषभ के रूप में भईल बा। ए घटना के बाद गांव के लोग के कहनाम बा कि मरेवाला के पिता केहु से कवनो विवाद ना रहे। अयीसना में हत्या के कारण के बारे में केहु कुछ नईखे बता सकत। हालांकि कुछ लोग के कहनाम बा कि स्कूल के पीछे कुछ लोग तांत्रिक उपलब्धि खाती पूजा करेले। हो सकेला कि उनेक के हत्या होखे, घटना के बाद परिजन बतवले कि शनिवार के सबेरे ऋषभ चाय-बिस्कुट खईले, ओकरा बाद उ गाँव के बच्चा के संगे शौच खाती गईले। बहुत देर तक ना अईला के बाद परिवार के लोग उनुका के खोजे लगले। तब तक उनुका हत्या के जानकारी मिल गईल रहे। ए पूरा मामला में पुलिस गांव के लोग से भी पूछताछ करतिया। एकरा संगे-संगे हत्या अवुरी तांत्रिक उपलब्धि खाती हत्या के एंगल प जांच कईल जाता। परिवार के लोग के हालत खराब बा। लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा.

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा