सीएम नीतीश कुमार बदले दागी मंत्री कार्तिक सिंह के विभाग, शमीम अहमद बने कानून मंत्री

संवाद

भोजपुरी तक :बड़ खबर बिहार के बा जहां बिहार के नवगठित भव्य गठबंधन सरकार में फेरबदल भईल बा। नीतीश कुमार के मंत्रिमंडल में शामिल दुगो मंत्रियन के विभाग में बदलाव कईल गईल बा।

 पहिले शमीम अहमद बिहार सरकार के गन्ना उद्योग के मंत्री रहले, लेकिन अब कानून विभाग के जिम्मेवारी शमीम सम्हार लीहे। कार्तिक कुमार एगो मामला में कथित तौर प फरार होखला के चलते मंत्री बनला के बाद ही विवाद में आईल रहले, एहसे मानल जाता कि एही कारण उनुकर विभाग बदल गईल बा, इ लोग बहुत खास मानल जाता। मंत्रिमंडल में फेरबदल के बाद अब उनुकर विभाग बदल गईल बा। कार्तिक कुमार राजद के एमएलसी हवे। उनुका के नीतीश मंत्रिमंडल में शामिल करे खाती विपक्ष बहुत कुछ निशाना बनवले रहे। कार्तिक के हाल ही में एगो नया बंगला भी मिलल बा। मालूम बा कि बिहार के नीतीश सरकार के बहुत मंत्री के दागी चरित्र प भाजपा लगातार हमला करतिया अवुरी रोज-रोज नाया-नाया खुलासा भी करतिया।जवना में उनुकर नाम भी आईल। एही मामला के संज्ञान लेत कोर्ट दानापुर कोर्ट के ओर से कार्तिक के खिलाफ वारंट जारी कईले बिया। कार्तिक कुमार ओ मामला में ना त कोर्ट के सोझा आत्मसमर्पण कईले बाड़े, ना जमानत खाती आवेदन कईले बाड़े। एकरा के लेके विपक्ष लगातार नीतीश कुमार प हमला करत रहे।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा