बिहार : कार सवार अपराधी युवक के ओवरटेक क देले अवुरी ओकरा बाद पांच गोली चलवले

संवाद

भोजपुरी तक :बिहार के सिवान में बेखौफ अपराधी एगो युवक प अंधाधुंध गोलीबारी कईले। कार सवार अपराधी दिनदहाड़े युवक प गोली चला देले, जवना में युवक के पांच गोली लागल। युवक के हालत गंभीर बनल बा। घटना मारवा थाना क्षेत्र के लक्ष्मीपुर ओवरब्रिज के लगे बा। घाही भईल आदमी गुथनी थाना क्षेत्र के खडखरिया गांव निवासी जगरनाथ तिवारी के 45 साल के बेटा रमेश तिवारी हवे, ए घटना के बाद से इलाका में दहशत के माहौल बनल बा। कार सवार अपराधी ए घटना के अंजाम देले बाड़े। बतावल जाता कि रमेश तिवारी अपना बाइक से सिवान से अपना घर जात रहले, एही बीच कार सवार अपराधी मैरवा थाना क्षेत्र के लक्ष्मीपुर ओवर ब्रिज के नजदीक गोली चला के उनुका के गोली मार के गंभीर रूप से घाही क देले। घटना के अंजाम दिहला के बाद अपराधी आसानी से फरार हो गईले। स्थानीय लोग के मदद से घाही लोग के मैरवा रेफरल अस्पताल ले आवल गईल जहां गंभीर हालत के देखत डॉक्टर सिवान सदर अस्पताल रेफर क देले, घाही युवक के इलाज चलता। घटना के जानकारी मिलते एसडीपीओ जितेन्द्र पाण्डेय अवुरी नगर थाना के पुलिस सिवान सदर अस्पताल पहुंच के मामला के जांच शुरू क देलस। फिलहाल पुलिस ए मामला के जांच में जुटल बिया कि युवक के केकरा अवुरी काहें गोली मारल गईल। सिवान में जवना तरह से युवक के दिनदहाड़े अंधाधुंध निकालल गईल बा, ओकरा से पुलिस प्रशासन प सवाल के निशान खड़ा हो गईल बा।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा