पटना में भयावह हादसा : सोन नदी में नाव पर खाना बनाते समय गैस सिलेंडर विस्फोट, चार लोग जर के राख हो गइल
संवाद
भोजपुरी तक :बिहार के पटना जिला में स्थित मनेर में शनिवार के एगो भयावह हादसा भईल। सोन नदी में नाव पर खाना बनावत घरी गैस सिलेंडर में विस्फोट भइला से चार लोग के दुखद मौत हो गइल. नाव पर सवार सब लोग मजदूर रहे। पुलिस मौका प पहुंच गईल बिया। बुरी तरह जरावल लाश के पुलिस अपना हिरासत में ले लिहले बिया. मामला के जांच कईल जाता।
जानकारी के मुताबिक इ हादसा भोजपुर अवुरी पटना जिला के सीमा प भईल बा। बिंदगांव गांव के सामने रामपुर रेत घाट के लगे सोन नदी के भीतर नाव में कुछ लोग खाना बनावत रहले। तब गैस सिलेंडर में विस्फोट हो गईल। एक झटका में नाव प सवार सभ लोग बहुत जादे जर गईले अवुरी मौका प मौत हो गईले, नाव प सवार सभ लोग के बारे में बतावल जाता कि उ पटना जिला के हल्दी छपरा गांव के हवे अवुरी कोइलवर-बिहता से बालू के मजदूरी क के नाव प खाना बनावत रहले क्षेत्र के रहे
Comments
Post a Comment