गया में इमरजेंसी में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के हेलीकाप्टर काहे उतरल?

संवाद

भोजपुरी तक :गया से बड़ी खबर आइल बा। गया में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के हेलीकाप्टर के इमरजेंसी लैंडिंग करावल गईल। बतावल जा रहल बा कि खराब मौसम का चलते हेलीकाप्टर उतरे के पड़ल. गया, जहानाबाद, अरवल आदि जिला में सीएम के हवाई दौरा के प्रस्ताव रहे। लेकिन खराब मौसम के चलते चॉपर के गया एयरपोर्ट प उतरे के पड़ल। ओहिजा से सीएम पटना लवट अइले.

 प्रशासन के अधिकारी के जसही सीएम के आपातकालीन लैंडिंग के जानकारी मिलल, हंगामा मच गईल। सब अफसर हड़बड़ा के एयरपोर्ट पहुंचले। सीएम उहाँ करीब 5-7 मिनट रुक के सड़क मार्ग से पटना खातिर रवाना हो गईले, बिहार में कम बरखा के चलते बहुत जिला में सूखा के हालत पैदा हो गईल बा अवुरी किसान के फसल बर्बाद हो गईल बा। उ लोग के सरकार से राहत के उम्मीद बा। एकर जायजा लेबे खातिर सीएम निकलल रहले. बाकिर अचानक मौसम बदल गइल आ सीएम के चॉपर गया पर गिरावे के पड़ल. गया से सीएम सड़क मार्ग से पटना लवट अइले, दरअसल सीएम नीतीश कुमार राज्य में सूखा के स्थिति प चिंता जता चुकल रहले। पछिला महीना ही सीएम सभ जिला में बरखा के आकलन अवुरी खरीफ फसल के बोवाई के समीक्षा करे के आदेश देले रहले। कृषि विभाग के भी वैकल्पिक खेती खातिर किसान के प्रोत्साहित करे के आदेश दिहल गईल रहे। ओकरा बाद भी राज्य में मानसून सूखा रहल आ बरखा ना भइल। एकरा चलते सीएम नीतीश कुमार खुद राज्य के हालात के जायजा लेवे के फैसला कईले। एकरा तहत शुक्रवार के सीएम गया, जहानाबाद, अरवल समेत बहुत जिला के हवाई सर्वेक्षण करे निकलले। लेकिन खराब मौसम के चलते उनुका लवटे के पड़ल।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा