बिहार फ्लोर टेस्ट : नीतीश-तेजस्वी के सामने स्पीकर बना राजनीतिक संकट
संवाद
भोजपुरी तक :दरअसल बिहार में सत्ता बदलला के बाद राजद-जदयू के सरकार बनल बा। अब भाजपा इहाँ विपक्ष के भूमिका में बिया। नयकी सरकार बनला के बाद आज विधानसभा में विशेष सत्र बोलावल गईल बा, जवना में नीतीश कुमार के आपन बहुमत साबित करे के होई। राजद अवुरी जदयू चाहत रहले कि भाजपा विधायक अवुरी सभापति विजय कुमार सिन्हा के फ्लोर टेस्ट से पहिले उनुका पद से हटा दिहल जाए, जवना खाती राजद के विधायक भी उनुका खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस देले रहले, जवना के उ लोग खारिज क देले। ओकरा बाद से राज्य में राजनीतिक हंगामा मचल बा। भाजपा से अलग होखला के बाद नीतीश कुमार राज्यपाल के सोझा 164 विधायक के समर्थन के दावा कईले रहले। आज उनुका ए बहुमत के विधानसभा में साबित करे के बा। मानल जाता कि नीतीश कुमार आसानी से आपन बहुमत साबित क दिहे, लेकिन सभापति विजय कुमार सिन्हा उनुका सोझा राजनीतिक परेशानी पैदा क सकतारे, बिहार में भाजपा-जदयू गठबंधन सरकार के दौरान भाजपा नेता विजय कुमार सिन्हा के विधानसभा के अध्यक्ष बनावल गईल। महेश्वर हजारी के जदयू के कोटा से डिप्टी स्पीकर बनावल गइल. हालांकि अब सरकार बदल गईल बा। नयकी सरकार चाहत बिया कि विजय कुमार सिन्हा अपना पद से इस्तीफा देसु.विजय कुमार सिन्हा के सभापति पद से इस्तीफा देबे से मना कइला का बाद राज्य में राजनीतिक बयानबाजी शुरू हो गइल बा. उपसभापति महेश्वर हजारी सभापति सिन्हा पर हमला कइले बाड़न. ऊ कहले, अगर कवनो पागल कुकुर हमरा के काटत बा त हम ओकरा के ना काटब. हम त खाली चाल कर सकेनी।
Comments
Post a Comment