मुजफ्फरपुर में शादीशुदा महिला की हत्या, पुलिस कब्र से लाश निकाली, ससुराल के लोग फरार
संवाद
भोजपुरी तक :मुजफ्फरपुर के सकरा थाना क्षेत्र से सनसनीखेज मामला सामने आईल बा। इहाँ एगो बियाहल महिला के हत्या क के दफना दिहल गईल। घटना के जानकारी मिलला प पुलिस लाश के कब्र से निकाल के पोस्टमार्टम खाती एसकेएमसीएच भेज देलस। एही बीच ससुराल के लोग फरार हो गईल बाड़े।
पुलिस के मुताबिक इ मामला मुजफ्फरपुर के सकरा थाना क्षेत्र के ह। इहाँ के पिलखी पंचायत के ठिकाहा गांव निवासी सीता देवी कुछ दिन पहिले गांव के एगो युवक के संगे फरार रहली। हालांकि कुछ दिन बाद आपसी सहमति अवुरी पंचायत के बाद उ अपना ससुराल लवट गईली। लेकिन ससुराल के लोग से उनकर रिश्ता ठीक ना रहे। सीता के तीन गो संतान भी बा, जवना में एगो बेटी के भी बियाह हो चुकल बा, साथे-साथे सरिता देवी के परिवार के लोग आ सीता देवी के भाई बतवले कि सीता के पति इंदल राम उनुका के बार-बार पीटत रहले, जवना के चलते उ घर से निकल के चल गईली रिश्तेदार के घर के ओर। लेकिन जब उ ससुराल लवटल त उनुकर पति अपना परिवार के लोग के संगे उनुकर हत्या क के लाश के पिलखी के जंगल में दफना देलस। जब परिजन के ए बारे में पता चलल त उ लोग जांच शुरू क देले अवुरी पुलिस के मामला के जानकारी देले, स्थानीय निवासी मोहन पासवान लाश से बहुत गंध आवे के बतवले। लागत बा कि सीता के हत्या कई दिन पहिले भईल बा।
दूसरा ओर मुजफ्फरपुर पूर्वी के डीएसपी मनोज पांडे बतवले कि मामला के जांच कईल जाता। मरेवाली सीता देवी के ससुराल के लोग फरार बाड़े। जल्दिए दोषियन के गिरफ्तार कर लिहल जाई.
Comments
Post a Comment