सीतामढ़ी में कार अवुरी बाइक के बीच भारी टक्कर, भैंस खरीदे गईल दु लोग के मौत हो गईल

संवाद

भोजपुरी तक :जिला से सड़क हादसा के खबर आ रहल बा। जिला के डुमरा थाना क्षेत्र के विश्वनाथपुर फोरलेन के लगे सड़क हादसा भईल। एह में बाइक सवार दू लोग के मौत हो गइल बा. एकरा संगे-संगे पुलिस मौका प पहुंच के मामला के जांच शुरू क देले बिया, मामला डुमरा थाना क्षेत्र के विश्वनाथपुर फोरलेन के नजदीक बा। बतावल जाता कि शनिवार के सबेरे एगो बेकाबू कार के ठोकर खाए से दु बाइक सवार घाही हो गईले। एकरा संगे-संगे गाड़ी सड़क के किनारा एगो खाई में गिर गईल। दुनो बाइक सवार भैंस खरीदे निकलल रहले। लवटत घरी तेज रफ्तार से आवत गाड़ी के टक्कर हो गइल जवना में दुनु जने के मौका पर मौत हो गइल.मरेवाला के पहचान शेओहर जिला के पुरनहिया थाना क्षेत्र के बखर चंडीहा के रहे वाला बतावल जा रहल बा. मौका प पहुंचल पुलिस दुनो लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती सदर अस्पताल भेज देलस। फिलहाल पुलिस ए मामला के जांच में जुटल बिया। एकरा संगे-संगे मरेवाला के परिजन के घटना के जानकारी मिलला के बाद उ लोग के हालत खराब बा। आईं बताईं कि आजकल जिला में सड़क हादसा ज्यादा हो रहल बा। पछिला कुछ दिन में सड़क दुर्घटना में बहुत लोग के जान गंवा चुकल बा।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा