बिजली गिरला से तीन लोग के मौत : छपरा में बरखा से बचे खातिर पेड़ के नीचे लुकाइल, जबकि बिजली गिर गईल
संवाद
भोजपुरी तक :छपरा में बिजली गिरला से तीन लोग के मौत हो गइल. घटना गौरा ओपी थाना क्षेत्र के महमदपुर के ह। बरखा से बचे खातिर सभे पेड़ के नीचे लुका गईल। फेरु गाछ पर ठनका लागल। ए मामला में तीनों लोग जर गईले। स्थानीय लोग के ओर से नगरा स्वास्थ्य केन्द्र मे ले जात घरी रास्ता मे तीनो के मृत्यु भईल बा ।गौरा ओपी थाना क्षेत्र के अन्तर्गत महमदपुर निवासी राजेश साह (५० साल), धुमन यादव (६० साल) आ उमेश यादव के रूप मे भईल बा । एके बेर में तीन लोग के मौत से पूरा गांव चौंक गईल। घटना के बारे में स्थानीय लोग बतवले कि शनिवार के दुपहरिया में सब लोग खेत के ओर गईल रहले अवुरी इहे घटना भईल।
Comments
Post a Comment