केसीआर जब बइठ जा कहत रहलन त नीतीश कहले - अरे ओह लोग पर मत गिरऽ... आ जा; वीडियो वायरल हो गइल बा

संवाद 

भोजपुरी तक :तेलंगाना के मुख्यमंत्री चंद्रशेखर राव बुधवार के बिहार के सीएम नीतीश कुमार से मिले खाती पटना पहुंचले। ए दौरान दुनों नेता पत्रकार के सभ सवाल के जवाब भी देले। हालांकि जब उ पीएम के उम्मीदवारी प सवाल उठवले। ओकरा बाद नीतीश कुमार हँसे लगले अवुरी कुर्सी से खड़ा हो गईले। एकरा बाद केसीआर कहलस कि बईठ जा। एतने ना, केसीआर उनकर हाथ पकड़ के बइठावे के कोशिश कइलस। नीतीश कुमार कहले, अरे ए लोग प मत गिरs, 50 मिनट देले बाड़े। ई देख के ओहिजा मौजूद सभे लोग हँसे लागल.

 दरअसल नीतीश कुमार अवुरी चंद्रशेखर राव ए प्रेस कॉन्फ्रेंस में पत्रकार के सवाल के जवाब देत रहले। तब एगो पत्रकार उनुका से पूछलस कि अगर मोर्चा बनल त का नीतीश कुमार एकर नेतृत्व क सकतारे? इ सवाल सुनते नीतीश कुमार खड़ा होके जाए लगले। ए प केसीआर नीतीश कुमार के हाथ पकड़ के कहलस कि बईठ जा। लेकिन नीतीश ना बईठ के कहले कि 50 मिनट हो गईल बा। हालांकि बहुत जिद्द के बाद नीतीश कुमार बईठ गईले। बाकिर उनकर चेहरा पर हँसी ना रुकत रहे।आ फेर हँसी बढ़ गइल। जब तेजस्वी यादव कान में कुछ बोले। ए सवाल के जवाब में केसीआर कहलस कि हमनी के भाजपा विरोधी मोर्चा बनावे के पूरा कोशिश करब। जवन दल एक संगे आई, हमनी के सभे बईठ के फैसला करब। फैसला चाहे जवन होखे, उ सर्वसम्मति से होई। उ कहले कि, ए बारे में जसही फैसला होई, हमनी के बता देब। प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान केसीआर भी नीतीश के तारीफ कईलस। तेलंगाना के सीएम आगे बिहार के सीएम के तारीफ कईले। उ कहले कि नीतीश देश के सबसे निमन अवुरी वरिष्ठ नेता हवे। केसीआर बिहार के विशेष दर्जा देवे के मांग के भी समर्थन कईलस। मोदी सरकार प अवुरी हमला करत केसीआर कहलस कि केंद्र के सिद्धांत 'बाचा इंडिया' बा। सबकुछ के निजीकरण हो रहल बा। उ लोग विपक्ष के डेरवावे के चाहतारे। उ आगे कहले कि सिर्फ 'भाजपा मुक्त भारत' देश के विकास के ओर ले जाई। काहे कि केंद्र के असफलता के चलते देश के नुकसान होखता।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा