खाना एलपीजी सिलेंडर से बनावल जाला, एह से ई सब बात ध्यान में राखीं; तुरंत एह नंबर के सेव कर लीं
संवाद
भोजपुरी तक :अगर रउआ एलपीजी के इस्तेमाल करेनी त एकर सुरक्षा मानक के भी ध्यान राखल जरूरी बा। हर दिन छोट-मोट चूक के चलते जान-माल के नुकसान के खबर आवेला। अयीसना में जरूरी बा कि हमनी के सरकारी तेल गैस कंपनी के ओर से जारी निर्देश के पालन कईल जाए। लीक होखे के स्थिति में 1906 पर फोन करीं। इ नंबर आईओसीएल के संगे-संगे बीपीसीएल अवुरी एचपीसीएल के ग्राहक खाती बा। एलपीजी सिलेंडर के हमेशा सीधा राखीं। जब गैस खतम होखे लागेला त बहुत लोग सिलेंडर के झुका देवेला, इ खतरनाक होखेला। रबर के पाइप आईएसआई निशान के होखे के चाहीं। गैस स्टोव के सिलेंडर से कम से कम छह इंच ऊपर समतल जगह प राखी। खड़ा होके हमेशा खाना बनावे के चाहीं। खाली रुई के कपड़ा पहिने के चाहीं। पल्लू से पकड़ के गरम बर्तन ना उतारें, चिमटा का प्रयोग करे। सुतत घरी रेगुलेटर बंद कर दीं. चूल्हा के अयीसन जगह प राखी जहां बहरी से सीधा हवा ना आवे। खिड़की के सामने चूल्हा ना जलाये।
एलपीजी चुल्हा के पास बिजली या मिट्टी के तेल के चूल्हा आदि ना जलाएं।
पहिले माचिस के लाठी जरा के ओकरा बाद गैस चालू करीं। गैस के गंध आवे पर इलेक्ट्रिक स्विच, लाइटर, माचिस के इस्तेमाल मत करीं। सभ खिड़की-दरवाजा खोलीं। सिलेंडर से लीक होखे के स्थिति में रेगुलेटर के निकाल के सिलेंडर प सेफ्टी कैप लगाईं। सिलेंडर के खुला स्थिति में रख के वितरक के सूचित करीं। मदद खातिर रउरा 1906 नंबर पर फोन कर सकेनी.
Comments
Post a Comment