बिहार मौसम : बिहार के 10 जिलों में मौसम विभाग के ऑरेंज अलर्ट, भारी बारिश के साथ गरज की उम्मीद

संवाद

भोजपुरी तक :मौसम विभाग शनिचर का दिने बिहार के दस गो जिला में गरज आ बरखा के ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा. पटना मौसम विज्ञान केन्द्र के मुताबिक शनिवार के छपरा, आरा, हाजीपुर, समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर, दरभंगा समेत अवुरी जगह प भारी बरखा के संगे गरज के संभावना बा। कुछ इलाका में गरज के संभावना भी बा। मौसम विभाग चेतावनी जारी क के लोग से सावधान रहे के कहले बा। खराब मौसम में लोग के खुला में बाहर ना जाए के अपील कईल गईल बा।पटना मौसम केंद्र के ताज़ा अनुमान के मुताबिक, शनिवार के दुपहर तक सीवान, सारण, समस्तीपुर, वैशाली, भोजपुर, बक्सर, सीतामढ़ी, मुजफ्फरपुर, अरवल के कुछ हिस्सा में आ दरभंगा जिला में हल्का से मध्यम बरखा के संगे गरज के संभावना बा। एह जिलन में ऑरेंज अलर्ट जारी कर दिहल गइल बा. एकरा से सटल जिला में भी हल्का बरखा हो सकेला मौसम विज्ञानी लोग के मुताबिक राजधानी पटना में भी शनिवार के बादल छाए रहे के अनेसा बा। दक्षिण बिहार के बहुत हिस्सा में लोग के गर्मी के सामना करे के पड़ सकता। अतवार का दिने उत्तर आ दक्षिण पूर्व बिहार के कुछ जगहा भारी बरखा हो सकेला. वर्तमान में मानसून गर्त पंजाब से ले के बंगाल के खाड़ी ले हिमाचल प्रदेश के तराई इलाका सभ में बिस्तार लिहले बा। एकर दक्खिन के ओर बढ़े के संभावना बा। एकरा चलते सीमांचल क्षेत्र में बरखा से जुड़ल गतिविधि बढ़े के अनेसा बा।

Comments

Popular posts from this blog

विद्यालयों का संचालन समय में हुआ परिवर्तन

सिंगापुर नहीं जाएंगे लालू यादव, 28 अप्रैल को आएंगे पटना

रणजी ट्रॉफी : डेब्यू मैच में अर्जुन तेंदुलकर ने मचाया हाहाकार, पिता सचिन को पीछे छोड़ा