बिहार समाचार : बाहुबली अनंत के करीबी कार्तिक सिंह के सामने दिक्कत, कोर्ट नकारली जमानत याचिका
संवाद
भोजपुरी तक :ग्रांड एलायंस सरकार में मंत्री के रूप में शपथ लेला के मात्र दु सप्ताह बाद इस्तीफा देवे वाला कार्तिक कुमार के कोर्ट जमानत ना दिहलस। पटना के दानापुर कोर्ट फैसला सुनवलस। अयीसना में अब ए लोग के समस्या बढ़ सकता। काल्हु विभाग बदलला का बाद उनुका के गन्ना उद्योग विभाग सौंप दिहल गइल जवना का बाद ऊ देर साँझ अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन. बाहुबली नेता अवुरी पूर्व विधायक अनंत सिंह के करीबी सहायक कार्तिक प साल 2014 के अपहरण के मामला में आरोपी बाड़े, घटना नवंबर 2014 के ह। बतावल जाता कि बिल्डर राजीव रंजन उर्फ राजू सिंह मोकामा के पूर्व विधायक अवुरी बाहुबली अनंत सिंह के कथित चार करोड़ 70 लाख रुपया लेके फरार रहले। एही बीच अनंत सिंह के खबर मिलल कि राजू बिल्डर बिहटा के अपना पैतृक गाँव में आ गइल बाड़न. राजू बिल्डर के गांव में होखे के जानकारी मिलला के बाद अनंत सिंह 6 गाड़ी के काफिला लेके बिहटा पहुंचले अवुरी राजू बिल्डर के अपना गाड़ी में बईठा के पटना के ओर लवट के आवे लगले। लेकिन ए दौरान राजू के समर्थक बवाल मचवले। बतावल जाता कि ए हंगामा के दौरान अनंत सिंह के काफिला में एगो गाड़ी में आग लगा दिहल गईल। बिहटा में बबाल के जानकारी मिलला के बाद पुलिस मौका प रवाना हो गईल, लेकिन तब तक अनंत सिंह राजू के गाड़ी में लेके बहुत दूर तक चल चुकल रहले। राजू बिल्डर के अपहरण के खबर पुलिस मुख्यालय तक पहुंचल। जवना के बाद खुद तत्कालीन एसएसपी जितेन्द्र राणा कमान संभाल लिहले। पुलिस सक्रिय हो गईल, बिहता पुलिस अनंत सिंह के पीछा करे लागल, लेकिन जब बिहटा पुलिस मनेर के गौरैया स्थल प पहुंचल त अनंत सिंह राजू बिल्डर के संगे शास्त्रीनगर थाना पहुंचले, थाना में बहुत हंगामा मच गईल। जवना के बाद पुलिस गौरीचक के एगो पुरान मामला में बिल्डर के राजू के जेल भेज देलस अवुरी अनंत सिंह अपना समर्थक के संगे सरकारी आवास लवट गईले। हालांकि बाद में राजू के बयान प बिहटा थाना में अनंत सिंह अवुरी बाकी लोग के खिलाफ अपहरण अवुरी यातना देवे के मामला में प्राथमिकी दर्ज करावल गईल। एही मामला में कार्तिक कुमार भी आरोपी रहले।
Comments
Post a Comment