नीतीश कुमार के पीएम उम्मीदवार के चर्चा के बीच जदयू के तीन दिन के मंथन, बैठक आज से पटना में होई
संवाद
भोजपुरी तक :जनता दल (यूनाइटेड) यानी जदयू के तीन दिन के राष्ट्रीय आ राज्य कार्यकारिणी बइठक बियफे से पटना में शुरू होखे जा रहल बा. लोकसभा चुनाव 2024 में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पीएम उम्मीदवार बने के चर्चा के बीच ए बैठक के महत्वपूर्ण मानल जाता। जेडीयू के ए मंथन शिविर में देश अवुरी प्रदेश के सैकड़ों नेता भाग लीहे। लोकसभा चुनाव 2024 में पार्टी के मजबूत करे खाती कुछ बड़ फैसला भी संगठनात्मक रूप से लिहल जा सकता।
जानकारी के मुताबिक पटना के कर्पूरी सभागार में 2 से 4 सितंबर तक जदयू के अलग-अलग कार्यकारिणी के बैठक होई। एकर शुभारंभ बियफे का दुपहरिया में कइल जाई. 2 सितंबर के राज्य के अधिकारी आपस में चर्चा करीहे। एकरा बाद शनिचर का दिने राज्य आ राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक होखी आ अतवार का दिने राष्ट्रीय समिति के सदस्य लोग मंथन करी. एह बइठक में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, जदयू अध्यक्ष राजीव रंजन उर्फ ललन सिंह, जदयू संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा समेत अउरी वरिष्ठ नेता मौजूद रहीहें. एह बइठक में शामिल होखे खातिर जदयू नेता लोग के पटना आवे के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा, जदयू के तीन दिन के मंथन में सदस्यता अभियान के तेज करे पर जोर दिहल जाई. बिहार समेत दोसरा राज्यन में पार्टी के मौजूदगी बढ़ावे खातिर अधिका से अधिका नया सदस्य बनावल जाई. एकरा खातिर स्थानीय नेता लोग के टारगेट दिहल जा सकेला| बिहार में सदस्यता के मामला में राजद अवुरी भाजपा के पीछे जदयू बा। एकरा संगे-संगे तीन दिन के ए बैठक में जदयू के अवुरी राज्य में विस्तार प भी विचार कईल जाई। हाल ही में तेलंगाना के सीएम केसीआर से मुलाकात के बाद उ विपक्ष के एकजुट करे के घोषणा कईले रहले। अयीसना में आगामी आम चुनाव में उ पीएम मोदी के सीधा मुकाबला दे सकतारे, अयीसना में अटकल लगावल जाता। जदयू के बइठक में लोकसभा चुनाव खातिर रणनीति बनावल जा सकेला.
Comments
Post a Comment